भक्ति इंटरटेनमेंट के पहिला फिल्म से तुलिप सिंह अउर विनय आनंद के हैट्रिक

“के बनी दूल्हा” अउर “काली” जइसन फिलिमन का बाद तुलिप आ विनय आनंद के ऑनस्क्रीन जोड़ी भक्ति इंटरटेनमेंट के पहिला फिल्म, अबहीं एकर नाम नइखे रखाइल, से हैट्रिक बनावे जात बा. जलाराम प्रोडक्शन के प्रस्तुति आ भक्ति इंटरटेनमेंट प्रा.लि. के बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माता अनिल गुप्ता हउवन. निर्देशन करीहें चंद्रसेन सिंह जे जलाराम के “धमाल कईला राजा” नाम के अंडर प्रोडक्शन फिल्मो के निर्देशन करत बाड़े.

तुलिप सिंह आ विनय आनंद के जोड़ी परदा पर बहुते पसंद कइल जात रहल बा. उमेद बा कि एह हैट्रिको के दर्शकन के भरपूर प्यार मिली.


(स्रोत – स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।