भगवान परशुराम पर बनल पहिला भोजपुरी फिलिम

मनोज तिवारी करीहें भगवान परशुराम के भूमिका

Parshuram-ManojTiwariभगवान विष्णु के छठवाँ अवतार रेणुकानंदन भगवान परशुराम पर बने जात भोजपुरी फिलिम “परमवीर परशुराम” में मुख्य भूमिका करीहें भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी. अलौकिक बुद्धि, चेहरे पर तेज आ बहुते बलशाली परशुराम भगवान शिव से मिलल फरसा ले के राम से परशुराम बनले आ इकइस बेर एह धरती के क्रूर राजा लोगन के नाश कइले.

एह फिलिम के निर्माता बाड़ें जानल मानल इंटीरियर डिजाइनर अनिरुद्ध विश्वकर्मा आ निर्देशक अउर कैमरामैन बाड़ें एस. कुमार. भगवान परशुराम बनल मनोज तिवारी एह फिलिम से बहुते उछाह में बाड़ें आ कहतारें कि एह से सिनेमा भोजपुरी के एगो नया दिशा मिली.

‘परमवीर परशुराम’ के शूटिंग एक जून से उत्तर प्रदेश में शुरू होखी. निर्देशक एस.कुमार के कहना बा कि एह फिलिम में सत्ता आ सिंहासन के मद में मस्त राजा आ ओकर कोप भाजन बनल त्राहि त्राहि करत जनता के झलक मिली. सदी के महानतम फिलिम होखे के दावा करत एह फिलिम के अपना किरदार ला मनोज तिवारी बहुते रिसर्च कइले बाड़न. मनोज तिवारी कहतारें कि धर्म आ धार्मिक लोगन के रक्षा ला शस्त्र उठावे वाला ब्राह्मण परशुराम से कर्ण, द्रोणाचार्य आ भीष्म पितामह जइसन शूरवीर युद्धकौशल के शिक्षा लिहलें. कहल गइल बा कि कलयुग के खतम होखे का समय अवतरित होखे वाला भगवान कल्कि के वेद वेदांत के शिक्षा देबे के जिम्मा परशूरामे उठइहें.

काजल फिल्म्स इण्टरटेनमेंट का बैनर में बने जात एह फिलिम के स्टोरी आइडिया एस. कुमार आ मनोज तिवारी के ह, लिखले बाड़न विजय पंडित आ उमेश उपाध्याय. गीतकार हउवें डा.सागर, साहिल, अरुण आ मनोज तिवारी, संगीतकार राजेश मिश्रा, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, आ एक्शन दिलीप यादव के रही.

मुख्य कलाकारन में मनोज तिवारी, पाखी हेगड़े, सुधा चन्द्रन, सुरेन्द्र पाल, अली खान, अनिल यादव, बालेश्वर आ डा.अभय आशियाना वगैरह बाड़ें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।