भगवान राम के पियक्कड़ कहे वाला द्रमुक नेता करुणानिधि के बीमारी से मौत


चेन्नई 07 अगस्त. द्रविड़ मुनेत्र कषगम (द्रमुक) के सुप्रीमो अउर तमिलनाडु के मुख्यमंत्री रह चुकल नेता एम करुणानिधि के मंगल का दिने बीमारी का चलते कावेरी अस्पताल में मौत हो गइल. उनुकर उमिर वइसहूं 94 बरीस हो गइल रहुवे.
कावेरी अस्पताल का ओर से जारी विज्ञप्ति में कहल गइल बा कि करुणानिधि साँझ के छह बजके 10 मिनट पर आखिरी साँस लीहलन. ऊ ढेर दिन से बीमार चलत रहुवन आ पिछला 28 जुलाई का दिने उनुका के अस्पताल में भरती करावल गइल रहुवे.
उनुका मौत के खबर सुनते उनुका समर्थकन में शोक पसर गइल. उनुकर अब-तब के खबर सुनि के काल्हु रतिए से बड़हन भीड़ अस्पताल का बहरी जमा रहुवे.
करुणानिधि का मौत पर पीएम मोदी आपन शोक संवेदना प्रकट करत कहलन कि उनुका मौत से देश एगो जमीन से जुड़ल नेता, गहन विचारक, लेखक अउर एगो अइसन हस्ती गँवा दिहलसि जे भर जिनिगी गरीब आ वंचितन के कल्याण खातिर काम कइलसि.
पीएम मोदी याद कइलन कि उनुका करूणानिधि का साथे संवाद के कई बेर मौका मिलल रहे. सामाजिक कल्याणकारी नीतियन के उनुका पोढ़ आ गहीर समुझ रहल. ऊ लोकतांत्रिक मूल्यन के प्रति समर्पित रहलें आ देश में आपातकाल लागू कइला पर ओकर कड़ा विरोध कइले रहलें. ऊ हमेशा तमिल हित के बात उठवलें आ तमिलनाडु के आवाज बनल रहलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *