भगवा चोला वाला साधू शैतान बन गइल

AwadheshMishra-in-SanyasiBalmaआजु के युग साधुवन आ अंधविश्वास के गिरफ्त में बुरा तरह जकड़ा गइल बा. चिकन चुपड़ बात बनावे वाला साधू आदमी के अपना अंध भक्ति के जाल में फँसा लेत बाड़े.

एही सब बातन के सिन्धुजा चलचित्र के बैनर में बनत फिलिम “सन्यासी बलमा” मे देखावल जात बा. निर्देशक अजय कुमार झा एह फिलिम का जरिए समाज के आईना देखावे मे कोशिश कइले बाड़न. एह फिलिम में आजु के ढोंगी साधू-सन्यासियन के प्रतीक किरदार में आइल बाड़ें खलअभिनेता अवधेश मिश्रा.

कहानी लिखले बाड़न सिन्धुजा मिश्रा अउर पटकथा आ संवाद मनोज टाईगर.

नवोदित नायक जलज कुमार एह फिलिम से आपन अभिनय पारी के शुरुआत करत बाड़ें. साथी कलाकारन में शुभम तिवारी, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, मनोज टाईगर, गोपाल राय, अनूप अरोरा, किरन यादव, देव सिंह, अभय राज अउर अवधेश मिश्रा के नाम बा.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।