भड़काऊ भाषण देबे का आरोप प आजम खान आ अमित शाह प रोक

भड़काऊ भाषण मामिला में चुनाव आयोग कड़ा फैसला लेत सपा नेता आ मंत्री आजम खान अउर भाजपा नेता अमित शाह के चुनावी रैली आ रोड शो करे प रोक लगा दिहलसि.

चुनाव आयोग आपन जांच में पवलसि कि आजम खान आ अमित शाह जानबूझ के एह तरह के भड़काऊ भाषण दिहलें. दुनू जने प मुकदमो दर्ज करे के आदेश दिहले बावे चुनाव आयोग.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।