भतरा मरे त मरे, सउतिनिया राँड़ होखे के चाहीं

देश के चार गो राज्यन आ एगो केन्द्र शासित प्रदेश के विधानसभन के चुनाव परिणाम आवल जारी बा. अबहीं आखिरी परिणाम नइखे आइल बाकिर कांग्रेस के खुशी के ढिकाना नइखे. ओकरा लागत बा कि भाजपा के हार हो गइल एहसे बड़हन खुशी का हो सकेला.
असम में भाजपा दुबारा सरकार बनाई, पुड्डुचेरी में कांग्रेस के हरा के अब भाजपा गठबन्हन के सरकार बनी, पश्चिम बंगाल में पिछला बेर तीन गो सीट जीते वाली भाजपा अबकी पचीस गुना यीट जीतले बिया, केरल में ओकर ताकत निकहा बढ़ल बा, तमिलना़डु में कई युग का बाद भाजपा के विधायक विधानसभा में बइठिहें बाकिर भाजपा के कार्यकर्ता खुश नइखन. काहें कि उऩुका जीत से कम कुछऊ स्वीकार ना होखे. बाकिर कांग्रेसियन के खुशी के ठिकाना नइखे कि ओकरा दमदार नेता अमेठी से हारे वाला आ वायनाड में मुसलमान वोट का सहारे जीते वाला अधबूढ़ हो चलल नेता राहुल गाँधी के कुशल नेतृत्व का बदौलत देश तेजी से कांग्रेस मुक्त होखे के दिसाईं बढ़ रहल बिया.
इहे अन्तर देश के बतावे जतावे ला काफी होखे के चाहीं कि केकर भविष्य बा, केकर नइखे.
काश, भाजपा के माथ नेतृत्व अपना गलतफहमी में जीयल छोड़ के असम के हेमन्त विश्व शर्मा भा नन्दीग्राम में ममता के पटखनी देबे वाला शुवेन्दु अधिकारी से कुछ सीखतें त देशो के भला हो जाइत आ भाजपा का साथे जिए कम मरे ला अधिका तइयार कार्यकर्तनों के भला हो जाइत. भाजपा लाख कपार फोड़ लेव आपन बाकिर मुसलमान ओकरा के वोट नइखन देबे वाला. बाकिर ऊ मुसलमानन ला त केन्द्र के खजाना लुटावे के तइयार बिया. जतना आर्थिक फायदा आ यूपीएससी में मुसलमानन के जारदार बहाली करावे वाला दरवाजा खोलले बिया भाजपा ओहसे ओकरे नुकसान होखे वाला बा.
पश्चिम बंगाल में तृणमूल के जीतते भाजपा के कार्यालयन आ कार्यकर्तन पर हमला के शुरुआत हो गइल बा. बाकिर ममता एह अत्याचार के रोके के इचिको कोशिश करत नइखी लउकत. देखल जाय कि भाजपा के माथ नेता का करत बाड़ें अपना कार्यकर्तन के जान माल बचावे ला.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।