भदोही में गंगा घाट पर डूबल नवहिन, लाश जोहाता

(प्रतीक फोटो)


भदोही, 29 मार्च (वार्ता). भदोही के कोइरौना इलाका में सीतामढ़ी गंगाघाट पर एगो नवहिन डूब गइल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि श्रेया उर्फ बरखा सिंह जौनपुर के मीरगंज क्षेत्र के भटहर गांव के रहुवे आ अपना परिवार वालन का साथे सीता समाहित स्थल सीतामढ़ी पर दर्शन करे आइल रहुवे.
स्नान का दौरान ऊ डूब गइल बाकिर ओकर लाश अबहीं मिलल नइखे.
लाश जोहेला गोताखोरन के लगावल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..