भदोही में गंगा घाट पर डूबल नवहिन, लाश जोहाता

(प्रतीक फोटो)


भदोही, 29 मार्च (वार्ता). भदोही के कोइरौना इलाका में सीतामढ़ी गंगाघाट पर एगो नवहिन डूब गइल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि श्रेया उर्फ बरखा सिंह जौनपुर के मीरगंज क्षेत्र के भटहर गांव के रहुवे आ अपना परिवार वालन का साथे सीता समाहित स्थल सीतामढ़ी पर दर्शन करे आइल रहुवे.
स्नान का दौरान ऊ डूब गइल बाकिर ओकर लाश अबहीं मिलल नइखे.
लाश जोहेला गोताखोरन के लगावल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।