भदोही में स्कूली बस के ट्रेन से धक्का लगला से 10 गो बचवन के मौत

आजु भदोही में एगो स्कूली वाहन के टक्कर ट्रेन से हो गइल जवना चलते वाहन दूर ले फेंका गइल आ ओहपर सवार 19 गो बचवन में से 10 गो के मौत हो गइल।
आजु सोमार के सबेरे टेंडरहार्ट इंग्लिश स्कूल के मिनी बस बचवन के लेके स्कुल जात रहुवे आ एगो बिना पहरेदार वाला रेलवे क्रॉसिंग पर ट्रेन क चपेटा में आ गउवे. हादसा वाराणसी-इलाहबाद रेलवे खंड में भदोही के कैयरमऊ क्रॉसिंग पर भइल।
एह दर्दनाक हादसा में 10 गो बचवन के मौत ओहिजे हो गउवे आ बाकी घवाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..