भरम में पड़ल लोकसभा सचिवालय कानून मंत्रालय से पूछलसि

लोकसभा सचिवालय दू साल भा ओकर से अधिका के सजा पाए वाला सांसद के सांसदी खतम होखे वाला उच्चतम न्यायालय के फैसला पर भरम में पड़ल बा एह मामिला में सही बात जाने ला कानून मंत्रालय से पूछले बा.
लोकसभा सचिवालय के उच्च पदस्थ सूत्र बतावत बाड़े कि माथ अदालत के फैसला से इहे लागत बा कि आपराधिक मामिला के दोषी जनप्रतिनिधियन के सांसदी भा विधायकी अपने आप खतम हो जाई आ एह ला कुछ करे के जरूरत ना होखी.बाकिर सही तरीका जाने ला लोकसभा सचिवालय कानून मंत्रालय के दरवाजा खटखटवले बा.
कहता लोग कि चूंकि न्यायालय संविधान के अनुच्छेद 103 के गैर.कानूनी नइखे बतवले त पहिले से तय प्रक्रिया का हिसाब से राष्ट्रपति चुनाव आयोग के सलाह पर न्यायालय के फैसले के अमली जामा पहिरइहें.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।