न्यायाधीश से लालू कहले..हमही बतवनी हमरे के जेल

काल्हु जब झारखंड का बिरसा मुंडा केद्रीय जेल मे बंद बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद यादव के जब चारा घोटाला मामिला मे वीडियो कांफ्रेसिंग के जरिए सजा सुनावल गइल त ऊ बहुते परेशान हो गइले आ सजा सुनावत न्यायाधीश पी के सिंह के खरी खोटी सुना दीहले,
कहलन कि उनका खिलाफ कवनो सबूत ना रहल, उनके कहला पर मामिला दर्ज भइल आ उनुके के दोषी बना दीहल गइल, कहलन कि जवन अनेसा ले के ऊ सुप्रीम कोर्ट से गोहार लगवले रहले तवने भइल.
एह टिप्पणी का जवाब मे न्यायाधीश अतने कहले कि राउर बात लिख लीहल गइल बा. अपील कर दीं न्याय मिल जाई.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..