‘भाई जी’ के पूरा तरह से मसाला फिलिम बतवलें विशाल तिवारी

हालही में मुंबई में रिलीज भइल ए. स्क्वायर प्रोडक्शन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘‘भाई जी’’ के निर्माता निर्देशक विशाल तिवारी से भइल बातचीत में ऊ ‘भाई जी’ फिलिम के मसाला फिलिम बतावत कहलें कि एकरा में एक्शन भरपूर बा, रोमांसो बा आ कॉमेडीओ. आइटम सांग के जरुरियात का बारे में विशाल तिवारी के कहना रहे कि आइटम सांग दर्शकन के बझवले राखेला खास कर के भोजपुरी फिलिमन में. आ दर्शकन के जवन डिमांड बा ओकरे के ध्यान में राखत ऊ ई फिलिम बनवले बाड़े.

फिल्म इण्डस्ट्री में अपना शुरूआत का बारे में विशाल तिवारी बतवलें कि एहसे पहिले ऊ ‘फूल बनल अंगार’ बनवले रहलें जवना में रानी चटर्जी टायटल रोल में रहली. बतौर निर्माता ‘भाई जी’ विशाल तिवारी के दोसरकी फिलिम ह आ बतौर निर्देशक पहिलका. एह फिल्म के निर्देशन करे के अनुभव उनका ला बहुते बढ़िया रहल.

फिल्म के सफलता के आधार का बारे में विशाल तिवारी के कहना रहल कि समय बदलत रहेला आ ओकरा संगही दर्शक के डिमांडो. कबो लोग के एक्शन फिलिम चाहेला त कबो कॉमेडी. कबो रोमांटिक त कबो सामाजिक. फिलिम अगर बढ़िया रहल त चलबे करी चाहे ऊ एक्शन के होखे भा कॉमेडी के.


(समरजीत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..