भाई से मिले आइल चंबल वाली बहिना

पिछला दिने भोजपुरी के मेगास्टार मनोज तिवारी के अँधेरी बँगला पर एगो अइसन महिला अइली जिनका के देखते निमना निमना लोगन के बोलती बंद हो जाले. बाकिर मनोज उनुका के देखि के खुश हो गइली काहे कि ऊ रहली उनुकर मुँहबोली बहिन आ चंबल के डाकू रह चुकल सीमा परिहार. सीमा जब मनोज का घरे चहुँपली त मीडिया के आँख ओह पर जम गइल. रियलिटी शो “बिग बॉस” का दौरान दुनु जने का बीच भाई बहिन के ई रिश्ता बनल रहे.

बाद में सीमा परिहार का वोट का सहारे मनोज तिवारी के बिग बॉस का घर से निकले पड़ल रहे त लोग सोचलसि कि भाई बहिन के ई रिश्ता अब टूट गइल. हालांकि मनोज तिवारी के हमेशा कहना रहल कि उनुका मन में बिग बॉस के वोटिंग का चलते कवनो गिला शिकवा नइखे. ओह दिन भेंट करे आइल सीमा परिहार घंटनो अपना भाई से बतियवली. कहल जात बा कि जल्दिये मनोज तिवारी सीमा परिहार के भोजपुरी सिनेमा में ले अइहें.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।