भाऊराव देवरस सेवा न्यास के युवा साहित्यकार सम्मान

लखनऊ के भाऊराव देवरस सेवा न्यास पिछला दिने माधव सभागार में युवा साहित्यकारन के पंडित प्रताप नारायण मिश्र स्मृति पुरस्कार से सम्मानित कइलस आ भोजपुरी खातिर ई सम्मान भोजपुरी के युवा गजलकार मनोज भावुक के दिहल गइल.

भाऊराव देवरस सेवा न्यास पिछला पन्द्रह साल से हर साल अखिल भारतीय स्तर पर सात गो युवा साहित्याकरन के पुरस्कृत आ सम्मानित करत आइल बा. हालांकि भोजपुरी के कवनो साहित्यकार के पहिला बेर पुरस्कार दिहल गइल बा.

पुरस्कार पूर्व परिचय करावत सेवा न्यास के कार्यक्रम संयोजक डा॰ विजय कुमार कर्ण बतवले कि २ जनवरी १९७६ के बिहार का सीवान जिला में जनमल आ यूपी के रेणुकूट में पलल बढ़ल मनोज भावुक भोजपुरी न्यूज चैनल हमार टीवी के क्रिएटिव हेड हउवन आ भोजपुरी के जानम मानल साहित्यकारन में उनकर गिनती होखेला.

अपना तरफ से धन्यवाद देत मनोज भावुक कहलन कि ई पुरस्कार कवनो एक आदमी के ना हो के भोजपुरी भाषा, साहित्य, देश विदेश में पसरल करोड़न भोजपुरियन के सम्मान ह.

बतावत चलीं कि पिछला दिने राँची में भइल भोजपुरी सम्मेलन में मनोज भावुक के विश्व भोजपुरी सम्मेलन के दिल्ली ईकाई के अध्यक्ष बनावल गइल बा.


(स्रोत : पियूष)

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    लेईलऽ बधईया हो भईया,लेईलऽ बधईया ,
    हो बधईया लेईलऽ ना.
    ये भोजपुरिया ‘भावुक’ भईया हो ,
    बधईया लेईलऽ ना.

    धन्य बा सिवान ,धन्य गऊँवा जवारवा.
    माई -बाबुजी के छुअल, चाहिला चरणवा.
    रुन-झुन पैजनिया बाजल जिनिके अगनईया
    हो बधईया लेईलऽ ना.

    तोहरे से लहसेला -बिंहसेला बगिया ,
    तोहरे से लहसेला -बिंहसेला बगिया ,
    मारे किलकारी भोजपुरी के अक्षरिया,
    मिलल पुरस्कार लखनऊ के नगरिया हो
    बधईया लेईलऽ ना.
    ये भोजपुरिया ‘भावुक’ भईया हो ,
    बधईया लेईलऽ ना.

    भावुक जी बहुत -बहुत बधाई बा.
    गीतकार :-ओ.पी .अमृतांशु

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।