कबो देश के गृह मंत्री आ वित्त मंत्री रहल, देश के बड़का वकीलन में शामिल, कांग्रेस के बड़का नेता पी चिदम्बरम काल्हु साँझ से कतहीं लुकाइल बाड़न आ सीबीआई आ ईडी उनुका के खोजे में लागल बा. अनेसा बा कि कानून के फंदा गरदन पर कसाइल देखि पीचि बाहर भागे के कोशिश मत करसु एह चलते ईडी उनुका ला लुकआउट नोटिसो जारी करा दिहले बावे.
ओने कांग्रेस के बड़का वकीलन के पूरा फौज पीचि के अगवढ़ जमानत दिआवे का कोशिश में लागल बा. बाकिर बुझात बा कि पीचि के समय आ गइल बा जब ऊ आपन करमफल भोगे ला अभिशप्त हो गइल बाड़न.
पीचि के वकीलन के कहना बा कि ऊ भागल नइखन, बस कतहीं लुकाइल बाड़न आ अपना कानूनी बचाव का कोशिश में लागल बाड़न. बाकिर पीचि पर जवन गुजरत होखी ऊ उहे जानत होखिहें. गृह मंत्री रहला का दौरान आजु के मौजूदा गृहमंत्री अमित शाह के इशरत जहाँ वाला मामिला में जेल में डलवले रहलें. अब ओह दिन के इयाद करत पीचि के दस्त ल लागले होखी.
अबहीं के खबर बा कि उनुका अगवढ़ जमानत के अरजी सुप्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश कोर्ट के रजिस्ट्रार का लगे पठवा दिहले बाड़न. देखल जाव समरथ के नहीं दोष गुसाईं सही त नइखे साबित हो जात. पूरा देश साँस रोकले ई तमाशा देखत बा.
0 Comments