भाजपा के अन्दरुनी कलह का चलते उत्तर भारतीयन के नुकसान

महाराष्ट्र खासकरके मुंबई में रहे वाला उत्तर भारतीयन के भाजपा से जोड़े खातिर भाजपा के उत्तर भारतीय मंच अतवार का दिने मुंबई में एगो महाकुंभ के आयोजन कइले रहे. बाकिर अन्दरखाने गोपीनाथ मुण्डे आ नितिन गडकरी के आपसी रगड़ा का चलते आयोजन फ्लाप जइसन हो गइल. उमेद रहे पचास हजार लोग के आवे के, अइले दसो हजार ना. कहल त इहो जा रहल बा कि मुंबई भाजपा पूरा कोशिश कइलसि कि आयोजन ना हो पावे. ओहिजा के हिन्दी भाषी अबहीं कांग्रेस का पाला में बाड़े जे कृपाशंकर सिंह आ राजहंस सिंह के सामने राख के ओह लोग के अपना साथे रखले बिया. बाकिर शिवसेना का साथे रहला का चलते उत्तर भारतीय समुदाय भाजपा से दूरी बनवले राखेला.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।