भाजपा के उ.प्र. प्रभारी अमित शाह वाराणसी पहुँचले

पूर्वांचल मे आपन मौजूदगी दर्ज करावे भाजपा के प्रदेश प्रभारी आ राष्ट्रीय महासचिव अमित शाह एगो स्पेशल विमान से वाराणसी चहुँपले. एहिजा दू दिन का प्रवास में अमित शाह विंध्याचल देवी के दर्शन कइले आ फेर काशी विश्वनाथ मंदिर मे हाजिरी लगवले, साथही संकट मोचन समेत अउरिओ मंदिरन मे जाके दर्शन पूजन कइले.
मंगल का दिने अमित शाह काशी क्षेत्र के बइठक लीहें. पार्टी कार्यालय गुलाब बाग मे प्रदेश के सगरी मोर्चा अध्यक्ष आ प्रदेश पदाधिकारी एह बइठक में शामिल होखीहें. एहमें संगठन को नया कलेवर देबे आ चुनावी रणनीति पर विचार कइल जाई.
नौ अक्टूबर के सबेरे अमित शाह इलाहाबाद ला रवाना हो जइहें.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।