भाजपा के चेहरा बन गइलें नरेन्द्र मोदी

अगिला लोकसभा चुनाव से पहिले भाजपा आपन चेहरा तय कर लिहलसि आ ई चेहरा होखी गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के जिनका खिलाफ कांग्रेस, ओकर पोसुआ मीडिया, सेकूलरन के जमात का साथही भाजपो के बड़का बड़का लोग खड़ा बा. भाजपा के पुरान नेता लालकृष्ण आडवाणी भाजपा के ओह मीटिंग में शामिल ना भइले जवना में ई फैसला लिहल गइल. कहल त गइल कि उनुकर तबियत “साचहूँ” बहुत खराब बा बाकिर राजनीतिक चर्चाकारन के कहना बा कि उ मोदी विरोध जा चले ना अइलन. मोदी के चुनाव प्रमूख बनावे के भाजपा के फैसला ओकर कुछ सहयोगियन के नीक लागल बा त कुछ लोग के मिरचाई लाग गइल बा. वइसे राजनीतिक पंडितन के अनुमान बा कि मोदी के चुनाव प्रमुख बनवला से भाजपा अकेलहु बहुमत में आ सकेले अगर लोग भितरघात ना करे त.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।