भाजपा के दावा कि हुंकार रैली मे बड़हन संख्या में अप्रवासी बिहारीओ अइहें

भाजपा.के प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडेय शनिचर का दिने पटना में कहलन कि 27 अक्टूबर के होखे वाला हुंकार रैली मे बड़हन संख्या मे अप्रवासी बिहारी लोगो शामिल होखी.बिहार में रहे वाला लोग का साथही ओहू लोग में बहुते उत्साह बा हुंकार रैली मे शामिल हो के भाजपा के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के सुने ला.
भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष बतवले कि भोजपुरी अभिनेता आ गायक मनोज तिवारी 25 अक्टूबर के राजधानी पटना के विभिन्न इलाकन में घूम घूम के लोग से रैली मे शामिल होखे के अपील करीहें. एह काम में मनोज तिवारी का साथे भाजपा कार्यकर्तन के पूरा टीमो रही.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।