भाजपा तिरंगा फहरावे पर फेरु से विचार करे

काश्मीर समस्या के समाधान में लागल पत्रकार दिलीप पडगाँवकर भाजपा से कहले बाड़न कि ऊ काश्मीर के लाल चौक पर तिरंगा फहरावे का अपना योजना पर फेरु से विचार करे काहे कि ओहिजा के हालात एकरा लायक नइखे. हालांकि ऊ इहो कहले कि देश के हर नागरिक के तिरंगा फहरावे के अधिकार बा. अब उनका बाति के मतलब इहे निकालल जा सकेला कि काश्मीर छोड़ के कतहीं फहरा लीं. अरे भाई अतने दिक्कत बा त काश्मीर के सोझे पाकिस्ताने के काहे नइखऽ दे देत लोग. बहुते समस्या के समाधान एके झटका में हो जाइत. ना त कह द कि देश के हर परिवार अपना घर मकान कार्यालय पर तिरंगा फहरावे. भारत में यदि रहे के बा त वन्दे मातरम कहे के होई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।