लखनऊ 25 मार्च (वार्ता). सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी (सुभासपा) अतवार का दिने कहलसि कि भाजपा संगे गठबन्हन बनवले राखल जाव कि ना पर फैसला 27 मार्च के होखे वाला बइठक में लीहल जाई.
राज्यसभा चुनाव में भाजपा उम्मीदवार के पक्ष में मतदान करे वाली सुभासपा के महासचिव अरविंद राजभर कहलें कि – हमनी 27 तारीख के लखनऊ में पार्टी कार्यकारिणी के आपातकालीन बइठक बोलवले बानी जा जवना में भाजपा संगे रहल जाव कि ना का बारे में फैसला लीहल जाई.
सुभासपा अध्यक्ष ओम प्रकाश राजभर के बेता अरविंद के कहना बा कि राज्य में नौकरशाही बेलगाम हो गइल बिया. हालात अतना खराब हो गइल बा कि आजमगढ में एगो पुलिस अधिकारी हमनी के गोल के अध्यक्ष का साथे दुर्व्यवहार क दिहलसि.
बतवलन कि ओही बइठक में देवरिया सम्मेलनो का बारे में चरचा कइल जाई आ गोल के बढ़ावहुँ पर विचार होखी. राज्यसभा चुनाव में सुभासपा विधायक के क्रास वोटिंग का मसला पर अरविंद राजभर कहलन कि केहु क्रास वोटिंग नइखे कइले. तबो मीडिया के खबर पर दू गो विधायकन के नोटिस जारी कइल गइल बा.
0 Comments