भाजपा सांसद निरहुआ केे फिलिम किसान का फसल पर

आजु जब देश केे राजधानी का सीमा पर किसानन केे आन्दोलन ढेरेे दिनन सेे चल रहल बा त स्वाभाविक बा कि किसान आ ओकरा फसल केे दाम राजनीति का केन्द्र मेें आ जाई.

अब समय का हिसाब से कमाई केे फसल काटे खातिर भाजपा केे सांसद बाकिर ओकरो पहिले सेे भोजपुरी सिनेमा केे सुपरस्टारन मेे गिनात आ मशहूर गायक दिनेश लाल निरहुआ केे एगो भोजपुरी फिलिम ‘फसल’ देेश का सिनेमाघरन मेे एही 15 मार्च सेे रिलीज होखे जा रहल बा. ई त फिलिम देखला का बादेेे पता चली कि फिल्म के कथावस्तु मौजूदा केन्द्र सरकार केे पक्ष वाली बा कि विपक्ष वाली. फिलिम के ट्रेलर सेे अतना त लागत बा कि फिलिम के कथानक किसानन के दशा आ दुर्दशा पर आधारित बावेे.

श्रेयस फिल्म्स प्राइवेट लिमिटेड का बैनर तरेे बनल एह भोजपुरी फिलिम ‘फसल’ केे निर्माता प्रेम राय हउवें आ निर्देशक अउर कहानीकार पराग पाटिल. पटकथा आ संवाद लिखनिहारन मेें राकेश त्रिपाठी का साथ ही परागो पाटिल केे नाम बावेे. गीतकार हउवेें अरविंद तिवारी, प्यारेलाल यादव, विमल बावरा, अउर विजय चौहान. संगीत दिहलेे बाड़न ओम झा आ आर्या शर्मा. गायकन केे नाम मेें आलोक कुमार, कल्पना पटवारी, नीलकमल सिंह, प्रिया सिंह राजपूत, ममता राउत, अउर शिल्पी राज केे नाम शामिल बा. ई सगरी गायक बहुतेे नाम कमा चुकल बाड़न एहसेे फिलिम के गीत-गवनई लाजवाब होखेे के पूरा उम्मीद कइल जा सकेेला.

‘फसल’ के सह निर्माता सतीश आशवानी, सिनेमेटोग्राफर साहिल जे अंसारी, मारधाड़ हीरा निर्देेशक यादव, कला निर्देशक राम यादव, कोरियोग्राफर संजय कोर्बे आ कानू मुखर्जी हउवेेंं. आ फिलिम के समहर भाव मेें परोसल बहुते कुछ निर्भर करेला ओकरा संपादक पर. फिल्मी दुनिया मेें सम्पादक का जगहा संकलनकर्ता केे नाम चलेेला. एह फिलिम केे संकलन कइले बाड़न सन्तोष हरावड़े.

फिलिम केे नायिका बाड़ी आम्रपाली.

फिलिम देखेे जाए सेे पहिलेे एकर ट्रेलर देेख लीं सभेे. देख के लागत बा कि फिलिम में हर रस केे सवाद मिलेे वाला बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।