भारत के नयका संचार उपग्रह जीसैट-15 के सफल प्रक्षेपण

आजु बुध का फजीर में भारत आपन सबले नयका संचार उपग्रह जीसैट-15 के फ्रेंच गयाना के कोगू अंतरिक्ष केन्द्र से एरियनस्पेस का जरिए सफल प्रक्षेपण कइलसि. जीसैट-15 तीन हजार एक सौ 64 किलोग्राम वजन के आ बहुते बेंवतगर उपग्रह बावे जवना के इनसैट-जीसैट प्रणाली में शामिल कइल जा रहल बा. भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) के कहना बा कि एह उपग्रह में 24 गो संचार ट्रांसपॉन्डर डालल गइल बा.
जीसैट-15 तिसरका उपग्रह हे, जवना से जी पी एस पर चले वाला दिशा सूचक गगन पेलोड के अंतरिक्ष में चहुँपावल गइल बा. एह प्रक्षेपण से भारत के लोग के बहुते सहूलियत मिले वाला बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।