भारत के बहादुर खिलाड़ी पहिला दिने टीम के आउट ना होखे दिहलें

क्रिकेट खेले दक्षिण अफ्रीका गइल भारत के टीम के काल्हु पहिला टेस्ट में पहिला दिने पूरा टीम के आउट करे के दक्षिण अफ्रीका के गेंदबाज भरपूर कोशिश कइलन बाकिर भारत के रणबाँकूरा खिलाड़ी एगो विकेट बचाइये लिहलन आ टीम पूरा आउट ना हो सकल. अब कहे वाला इहो कह सकेलें कि काल्हु बरखा का चलते खेल देरी से शुरु भइल रहे आ जल्दिये खतमो कर देबे के पड़ल काहे कि रोशनी खराब रहे. भारत नौ विकेट का नुकसान पर 136 रन के रेत के पहाड़ खड़ा कर दिहले बा. आजु के खेल में का होई ई देखे खातिर देश भर के क्रिकेट प्रेमी आतुर बाड़े. कहल जा रहल बा कि अपना पर अतना भरोसा रहुवे भारत के टीम के कि कप्तान आ कोच मैच शूरु होखे से पहिले क्रीज देखे के जहमत उठावलो बेकार समुझलें.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..