मैच ड्रा हो गइल

भारत आ इंगलैण्ड के बीच के वर्ल्ड कप मैच में आखिरी ओवर दम साध के देखे वाला बन गइल रहे. एक बेर त लागल कि भारत जीतत जीतत हार गइल बाकिर अंत में मैच ड्रा हो के रहि गइल. अपना पारी में भारत पचासवाँ ओवर के एक गेंद बाकिये रहते ३३८ रन बना के आलइउट हो गइल रहुवे जवना में सचिन के सेंचुरी शामिल बा. एह सेंचुरी का बदौलत सचिन वर्ल्ड कप में सबले बेसी सेंचुरी बनावे वाला खिलाड़ी हो गइल बाड़न.

जवाब में खेले उतरल इंगलैण्ड के शुरुआत त नीमन रहल बाकिर बाद में भारत पासा पलटि दिहलसि आ अंत भइल मैच के ड्रा में जब इंगलैण्ड आठ विकेट का नुकसान पर तीन सौ अड़तीसे रन बना पवलसि.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..