भारत दक्खिन अफ्रीका के एकदिना सीरीज के फैसला आजु

पिछला चार गो एकदिना में से दू दू गो मैच जीत के बरोबरी पर खड़ा भारत आ दक्खिन अफ्रीका के सीरीज के फैसला आजु पाँचवा आ आखिरी एकदिना मैच में होखेवाला बा. मैच मुंबई के वानखेडे स्टेडियम में खेलल जाई जहाँ आजु ले भारत हारल नइखे. हालांकि पिछला चार मैच में कवनो टीम लगातार दू गो मैच नइखे जीतले आ पिछला मैच भारत जीतले रहुवे. एहसे भारत का सोझा चुनौती बावे आपन जीत के लय बनवले राखे के.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।