भारत से गइल छात्रन का साथे अमेरिका में जानवरन जइसन बर्ताव

धोखा दे के भारत के विद्यार्थियन के अमेरिका के कैलिफोर्निया में ट्राय वैली विश्वविद्यालय में प्रवेश लिहला का बाद ओह विद्यार्थियन का साथ अमेरिकी प्रशासन जानवर लेखा व्यवहार करत बा. ओकर कहना बा कि ई छात्र पढ़ाई वाला वीजा पर आ के जँहे तँहे नौकरी करत बाड़े. भारत सरकार अमेरिका से निहोरा कइले बा कि गलती ओह लड़िकन के नइखे विश्वविद्यालय के बा. आ ओह लड़िकन का साथे बदसलूकी ना होखे के चाहीं. कहल जा रहल बा कि ओह विद्यार्थियन के गोड़ में एगो रेडियो बेल्ट बान्ह दिहल गइल बा जवन कि जीपीएस प्रणाली से लैस बा आ जवना से पता चल जाई कि विद्यार्थी कवना समय कहवाँ बा.

भारत से अइसनका विद्यार्थियन के गिनिती डेढ़ हजार से बेसी बा आ अधिकतर आंध्र प्रदेश के हउवें.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..