भिखारी ठाकुर के जयन्ती

भोजपुरी के शेक्सपीयर कहाये वाला जन कवि भिखारी ठाकुर के १२४वीं जयन्ती एह साल उनुका जन्म भूमि कुतुबपुर दियरा में “जनकवि भिखारी ठाकुर लोक साहित्य एवं संस्कृति महोत्सव २०११” का रूप में मनावल जाई. १८ आ १९ दिसम्बर के आयोजित एह दू दिन के महोत्सव में अलग अलग सत्र में बहुविध कार्यक्रम में रंग बिरंगी विधा दर्शकन का सोझा परोसल जाई.

पिछला दिने आयोजन समिति के बइठक अध्यक्ष ललन राय का देखरेख में भइल. महोत्सव का दौरान एगो आकर्षक स्मारिका विमोचन करे के तय भइल. महोत्सव में भोजपुरी खातिर बढ़िया योगदान करे वाला लोग के भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानित कइल जाई.

बइठक में सचिव कृष्ण कुमार वैष्णवी आ अनिवाश नागदंश, रजनीश कुमार गौरव, राजेन्द्र प्र॰ ठाकुर, बृजनन्दन सिंह, सत्येन्द्र सिंह, प्रवीण कुमार, हंसराज सिंह, बच्चन सिंह, सुरेन्द्र राय, विनय राय, विजय कुमार ठाकुर, राकेश कुमार ठाकुर, सुशील ठाकुर वगैरह लोग शामिल रहे.


(स्रोत – रजनीश कुमार गौरव, मीडिया मैनेजर)

3 Comments

  1. amritanshuom

    बहुत बढ़िया ! कम से कम एहू बहाने लोग भोजपुरी के शेक्सपीयर के गावं त देख लिही .ओह गावं के हालत जवन बा दोसर गावं के शायदे होई .

    ओ.पी.अमृतांशु

  2. Veeru kumar ojha

    Naman ba woh mahan inshan ke je bhopuri ke bahut kuch dehalen aur bhojpuri ke ek mahan kala se susajit kailain woh mahan vyaktitav ke jayanti khub antah man se manawe ke chahi taki vartman me aur bhavhiswya me log unka ke sada aapan dil me baswale rahe. kalakar logan khatir Bhikhari thakur ego adarsh bade. Unka ke ham sab ke taraf se lakho naman. (jai bhikhari thakur, jai bhojpuri)

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।