भिखारी ठाकुर के प्रतिमा के अनावरण

काल्हु लोककवि आ भोजपुरी के शेक्सपियर भा भारतेन्दु कहाये वाला लोककलाकार भिखारी ठाकुर के १२३ वाँ जयन्ती पर उनका गाँव कुतुबपुर में उनकर प्रतिमा के अनावरण मंत्री जनार्दन सिंह सिग्रीवाल का हाथे भइल. एह मौका पर भिखारी ठाकुर के मण्डली के कलाकार कार्यक्रम प्रस्तुत कइलें. विधायक ज्ञानचंद माँझी कहलें कि जल्दिये भिखारी आश्रम में एगो पुस्तकालय के स्थापना कर दिहल जाई. गाँव में स्कूल खोले खातिर ओहिजे के सामाजिक कार्यकर्ता ललन राय पाँच बिगहा जमीन देबे के एलान कइलें जवना पर सरकार का तरफ से टेन प्लस टू स्कूल खोलल जाई.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।