भिखारी ठाकुर सम्मान से नवाजल गइली प्रतिभा सिंह
२७ मार्च का देर शाम आरा का पटेल बस पड़ाव का लगे मैदान में आयोजित एगो भव्य समारोह में
भोजपुरी गायिका अभिनेत्री प्रतिभा सिहं के जदयु सांसद मीना सिहं के हाथे आरा के भिखारी ठाकुर सामाजिक शोध संस्थान का तरफ से सम्मान राशि, मानपत्र, स्मृति फलक, आ शॉल दे के सम्मानित कइल गइल. प्रतिभा सिंह के प्रशंसा करत मीना सिंह कहली कि आजु का माहौल का उल्टा प्रतिभा लोकप्रियता पावे खातिर अश्लीलता के सहारा ना लेली. पुरातन लोकधुन के बखूबी गावेली आ साथही आधुनिको गीतगवनई में बेजोड़ बाड़ी.
समारोह में अगल बगल के गाँवन से चइता के सात गो शामिल भइल आ अपना गवनई से लोग के रात भर मनोरंजन कइल. एह गोल में से एगो रामाज्ञा राम के गोल रहे जे भिखारी ठाकुर का मण्डली में रहलें.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।