भीम का बाद अब नरेन्द्र उठवले बेहूदा बयान

जदयू सरकार के मंत्री अपना काल्पनिक वोट बैंक का लालच में अतना नीचे गिर गइल बाड़न कि उनुका बुझाते नइखे कि ओह लोग के बयानबाजी से सैनिकन के अपमान होखत बा आ राष्ट्रहित के नुकसान. काल्हु नरेन्द्र सिंह आपन बदमगजी देखावत कह दिहलन कि पूंछ में भइळ हमला में पाकिस्तान सरकार के कवनो दोष नइखे. कहलन कि हमला आतंकी कइले रहलन स आ आतंकियन के काम खातिर पाकिस्तान के दोष ना दिहल जा सके. साथही कहलन कि पाकिस्तान छोट भाई ह.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।