भूअर हत्याकांड के आरोपी के जमानत याचिका खारिज

बुध का दिने भुअर सिंह हत्या कांड के अगो आरोपी के जमानत याचिका जिला जज के अदालत में खारिज कर दिहल गइल. आरोपी विजय कुमार सिंह नंदनपुर सासाराम के रहे वाला हआ ओकरा पर आरोप बा कि 29 फरवरी 12 का दिने अपना चचेरी भउजाई के डा॰ से देखलावे जात भुअर सिंह के अगवा कर के हत्या कर दिहलसि. भूअर के महतारी के कहना बा कि भुअर धनजी सिंह के पकड़ववले रहुवे जवना से ओकरा से अपराधी नाराज रहलें स आ ओकरे बदला लिहल गइल भुअर के जान मार के.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।