भूडोल से थर्रा उठल दिल्ली समेत उत्तरी भारत

आजु सोमार का दुपहरिया में दू बजे आइल एगो बड़हन भूडोल से दिल्ली समेत पूरा उत्तरी भारत काँप उठल. भूकंप के केन्द्र अफगानिस्तान में हिन्दुकुश के पहाड़ी इलाका के फैयाजबाद से 82 किलोमीटर दक्खिन-पश्चिम में 196 किलोमीटर के गहराई में रहुवे जवना से अधिका नुकसान ना हो पावल. बाकिर तबहियों पाकिस्तान आ अफगानिस्तान में सौ से बेसी लोग मर गइल आ बहुते लोग घवाहिल भइल बा. भारत अपना तरफ से हर संभव सहायता देबे के खुला पेशकश कइले बावे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।