भोजपुरिया आकाश का आदित्य

भोजपुरिया आकाश पर आजु काल्हु एगो नया आदित्य, माने कि सूरज, चमके का तइयारी में बा … आ एह सूरज के नामो हऽ आदित्य ओझा. फिल्मी परिवेश में पलाइल बढल आदित्य वइसे त भारतीय प्रशासनिक सेवा का तइयारी में लागल बाड़न बाकिर अभिनय के शौक उनुका का वजह से ऊ भोजपुरी फिल्म “सुगना” में बतौर हीरो अभिनय करत बाड़े. “ब्राउन आईज” का बैनर तले निर्माता निर्देशक अजय ओझा के फिल्म “सुगना” में आदित्य दोहरी भूमिका में बाड़े. उनकर पिता अब ले दू गो हिंदी फिल्म बनवले बाड़न.

हिंदी का वजाय भोजपुरी फिल्म से आपन कैरियर के शुरुवात करे का बारे में आदित्य के कहना बा कि ऊ मूल रूप से बिहार के छपरा के रहे वाला हउवन आ उनकर दादी माँ भोजपुरीए बोलेली. एहीसे मुंबई में पलाइल बढला का बादो अपना कैरियर के शुरुवात भोजपुरीए फिल्म से करे के फैसला कइलन. एह फिल्म में आदित्य के एक्शन आ इमोशन दुनु दर्शकन के देखे के मिली.

सुगना में आदित्य के अलावा राजीव दिनकरो मुख्य भूमिका में बाड़े.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।