भोजपुरिया डॉन जे सभकर औकात बता दे

महाराष्ट्र में हाल के उत्तर भारतीय बनाम मराठी मुद्दा पर आधारित फिल्म भोजपुरिया डॉन में मनोज तिवारी एगो अइसन भोजपुरिया एंग्री यंग मैन के भूमिका में बाड़न जे उत्तर भारतीयन पर हमला करे वालन के मुँहतोड़ जवाब देत बा.


निर्माता राकेश कोहली के एह फिल्म के रवि सिन्हा निर्देशित कइले बाड़े जे खुद बिहारे के हउवन. फिल्म में मनोज तिवारी उत्तर भारतीय फेरी वालन के मसीहा बनके उभरत बाड़न आ देखा देत बाड़न कि अगर उत्तर भारतीय अपना पर आ जाव त निमना निमना के ओकर औकात बता दीहि. भोजपुरिया डॉन में मनोज तिवारी के नायिका बाड़ी मोनालिसा. फिल्म में तीन गो अउरी नायिका आपन जलवा देखवले बाड़ी. जानकार बतावत बाड़े कि एह फिल्म के नायक के चुनौतीपूर्ण भूमिका करे से भोजपुरी के कई गो दिग्गज स्टार मना कर दिहले आ आखिर में एह भूमिका के जीवन्त कर देखावे के बीड़ा उठवले मनोज तिवारी जिनका के देख के हर उत्तर भारतीय का मन में एंग्री यंग मैन के प्रेरणा मिली.

भोजपुरिया डॉन बिहार में २५ जुलाई के प्रदर्शित होखे जा रहल बा. फिल्म देख के हर उत्तर भारतीय अपना पर गर्व महसूस करी, ई मनोज तिवारी के कहना बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..