भोजपुरी आ कई भाषा केे मशहूर गायिका आजु भाजपा केे सदस्यता लेे लिहली.

(फोटो यूट्यूब सेे)

भाजपा गोल के केन्द्रीय कार्यालय में भाजपा के महासचिव अरुण सिंह अनुराधा पौड़वाल केे भाजपा सदस्य पर्ची दिहलन, गुलदस्ता भेेंट करत उनुका केे अंगवस्त्र पहिरवलन.

अरुण सिंह बतवलन कि अपना पचास बरीस सेे अधिका केे संगीत यात्रा में अनुराधा जी अपना भक्ति संगीत का जरिए करोड़ों धर्मावलंबी हिन्दूवन के हृदया मेें आपन जगह बना लिहले बाड़ी. इनका अइला सेे भाजपा परिवार केे एगो समर्थ सदस्य बढ़ गइल बा.

अनुराधा पौड़वाल अपना संबोधन मेें कहली कि उनुका एह बात के बहुते खुशी बा कि ऊ अइसना गोल मेेें शामिल हो रहल बाड़ी जवना गोल केे सनातन से पोढ़ नाता बा. कहली कि उनुका एह बात केे गर्व होला कि मां गंगा का कृपा से पिछला 35 साल से उनुकर गावल गंगा आरती हरिद्वार के गंगातट पर गूंजल करेलेे. ओही मां गंगा के आशीर्वाद सेे ऊ एहिजा चहुँपल बाड़ी.

जानेे जोग इहो बा कि एह घरी भाजपा मेें नया नया शामिल होखेवालन का साथही ओही लोग के लमहर कतार बा जे भाजपा छोड़ केे चल गइल रहुवेे बाकिर अब वापसी कर रहल बा.

काल्हुवेे पश्चिम बगाल केे भोजपुरी बहुल ससदीय क्षेेत्र बैरकपुर से भाजपा केे टिकट पर जीतल अर्जुन सिंह फेरू वापिस लवट अइलन. बीच मेें ऊ मजबूरी में तृणमूल मेें शा,मिल हो गइल रहलन बाकिर बुद्धीिमानी कहीं भा बेहयाई संसद से त्यागपत्र ना दिहले रहन. उनुका साथही एगो अउर तृणमूल सांसद दिव्यांशु अधिकारी भाजपा में शामिल भइलन. दिव्याशु पश्चिम बगाल में भाजपा विधायक दल केे नेेता शुभेन्दु अधिकारी के भाई हउवन.

चलत चलत अनुराधा पौड़वाल केे गावल भोजपुरी गीतन केे एगो कड़ी डललेे जात बानी. एकरो आनन्द लीं सभेे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।