भोजपुरी आ मराठी सितारन के टीमन के भिड़न्त

manoj-tiwariझारखण्ड के राजधानी रांची में 24 फरवरी के सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग के नयका सीजन के मैचन में ‘भोजपुरी दबंग’ अउर ‘वीर मराठा’ टीम के भिड़न्त होखी. एह मैच ला दुनु तरफ के टीम के घोषणा कर दिहल गइल बा.

‘भोजपुरी दबंग’ में मनोज तिवारी (कप्तान), दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ (उपकप्तान), रवि किशन, खेसारीलाल यादव, संतोष सिंह, विक्रांत सिंह, प्रवेशलाल यादव, उदय तिवारी, विकास सिंह, आदित्य ओझा, सुशील सिंह, प्रकाश जैस, अयाज खान आ निर्माता अभय सिन्हा रहीहें. मैनेजर बाड़े विकास सिंह‘वीरप्पन’ आ कोच हउवें क्रिकेटर संतोष सिंह.

‘वीर मराठा’ टीम मे रितेश देशमुख (कप्तान), निर्देशक महेश मांजरेकर (उप कप्तान), संजय नार्वेकर, अजीत परब, अंकुश चौधरी, मनजोए बिद्दवी, नूपुर धुदवाडकर, राहुल गोरे, राजेश श्रींगापुरे, सिद्धार्थ जाधव, उपेन्द्र लिमिए, सिद्धांत मूले, राहुल सुगंध, रईस लशकरिया, माधव देवचक्के, विजय केनकरे, मार्कण्ड देशपाण्डे, सिद्धार्थ चंदेकर, अनिकेत विश्वासराव, अउर समीर धर्माधिकारी. टीम के कोच हउवें मोंटी देसाई.

एह मौका पर ‘भोजपुरी दबंग’ के ब्रांड एम्बेस्डर बनल मोनालिसा, पाखी हेगड़े, आ शुभीओ शर्मा रांची में अपना टीम के हौसला बढ़इहें. ‘वीर मराठा’ के हौसला बढ़ावे ला रहीहें अभिनेत्री जेनेलिया डिसूजा.

रितेश देशमुख, जेनेलिया डिसूजा, महेश मांजरेकर आ वीर मराठा टीम पहिला बेर रांची में कवनो सार्वजनिक समारोह में आवत बाड़ें.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।