भोजपुरी कहानी पर बक्सर में संगोष्ठी

अतवार २३ जनवरी के बक्सर में आयोजित भोजपुरी संगोष्ठी के उदघाटन सत्र में बिहार के पूर्व मंत्री श्री अवधेश नारायण सिंह जी के द्वारा “भोजपुरी जन-जागरण अभियान” के चऊथा चरण के उदघाटन करल गईल. उहाँ के एह कार्यक्रम के महत्ता आ गंभीरता बतावत कहनी कि भोजपुरी के विकास खातिर आ एकर महत्ता खातिर एह तरह के कार्यक्रम में उहाँ के पहिला बेरा सम्मिलित हो रहल बानी. एह महत्वपूर्ण कार्यक्रम में आपन उपस्थिति के बारे में उहाँ के कहनी कि उनका खातिर ई गर्व के विषय बा कि अईसन कार्यक्रम में आवे के मौका मिलल. बिहार भोजपुरी अकादमी के एह प्रयास के प्रशंसा आ उत्साहवर्धन करते हुए उहाँ के अकादमी के अध्यक्ष आ संयोजक के एह आयोजन खातिर धन्यवाद भी दिहनी.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..