भोजपुरी के इमरान हाशमी बनल कलुआ

अब भोजपुरी में ‘मर्डर’ फिलिमो से हॉट फिल्म बनत बा जवना में लोकप्रिय गायक कलुआ के दर्शक चुम्बन किंग इमरान हाशमी के नक्शे क़दम पर चलत देखीहें. फिल्म के नाम हवे ‘कलुआ भईल सयान’ जवना में कलुआ एगो दू गो ना बलुक पूरे छह गो लिप्स लॉक चुम्मा लेत लउकी. ‘तनी खोलऽ ना चोलिया के हुक राजा जी’’ गा के बिहार में छा जाए वाला गायक कलुआ के नाम ह अरविंद अकेला ‘कल्लू’. ओकरा के अब एह फिल्म ‘कलुआ भईल सयान’ से बतौर नायक लांच कइल जात बा. साथ में बाड़न जानल मानल अभिनेता शुभम तिवारी.

निर्माता हउवन शिव प्रताप सिंह आ रितेश कुमार ठाकुर. प्रताप फिल्म्स इंटरटेनमेंट के प्रस्तुति आ आकाश फिल्म्स इंटरटेनमेंट के बैनर में बनल एह फिल्म के सह निर्माता वीर प्रताप सिंह हउवन. निर्देशित करत बाड़े ओ.पी. कश्यप. गीत लिखल हवे आर.आर. पंकज आ शशि बावला के. संगीत दिहले बाड़न राज सेन. कोरियोग्राफर जे.डी., कैमरामैन प्रिंस, कथा-पटकथा अउर संवाद लेखक ओ.पी. कश्यप.

शुभम तिवारी कहलन कि कलुआ का साथे ऊ ‘तू ही मोर बालमा’ फिल्म कइले रहले जब ऊ छोट रहे. आ अब ओकरा के सयान हो के नायक बन के काम करत देखल बहुते खुशी के बात बा.

फिल्म जल्दिये रिलीज होखी.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।