रवि – मनोहर के आंधी तूफ़ान के मुहूर्त भइल
-

गुंडईराज फेम लेखक निर्देशक रवि भूषण आ फिल्म एडिटिंग व्यवसाय से फिल्म निर्माण करे उतरल निर्माता मनोहर कुमार के फिल्म “आंधी तूफ़ान” के संगीतमय मुहूर्त महाशिवरात्रि का दिने मुंबई के एम फॉर यू स्टूडियो में करावल गइल. एह मौका पर मशहूर फिल्म वितरक प्रदीप सिंह, हरीश जायसवाल समेत फिल्म जगत के अनेके नामी गिरामी लोग मौजूद रहल. “आंधी तूफ़ान” में पवन सिंह, विराज भट्ट, चांदनी चोपड़ा, आनंद मोहन, मनोज टाइगर मुख्य भूमिका में बाड़े. दू गो अउरी अभिनेत्रियन के चुनला के काम अबही बाकी बा.

निर्देशक रविभूषण के कहना बा कि “आंधी तूफ़ान” के खासियत ई बा कि एह फिल्म में पहिला बेर पवन सिंह आ विराज भट्ट साथ साथ परदा पर नज़र अइहे. निर्माता मनोहर कुमार कहलन कि फिल्म एक्शन, इमोशन आ ड्रामा के संगम होखी.

बतावल गइल कि फिल्म के शूटिंग जल्दिये शुरू होखी.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts