भोजपुरी के क्वीन गायिका कल्पना मराठी पुरस्कार खातिर नामित

आसामी मूल के बाकिर भोजपुरी के लोक गायिका भोजपुरी क्विन कल्पना के एगो मराठी फिल्म में गावल गीत खातिर जी टाकीज चैनल का तरफ से “महाराष्ट्र चा फेवरिट कौन” पीपुल्स च्वायस अवार्ड २०१० खातिर नामित कइल गइल बा. भोजपुरी गायकी खातिर जानल मानल नाम कल्पना के मराठी सम्मान खातिर नामित कइला पर भोजपुरी आ हिन्दी फिल्म जगत आ संगीत जगत में खुशी के माहौल बा.

दलेर मेंहदी आ अक्षय कुमार का साथे फिल्म “खट्टा मीठा” में “आईला रे आईला” गा के खूब चर्चा बिटोरे वाली कल्पना के प्रियदर्शन के फिल्म “आक्रोश” खातिर गावल गीत “तेरे इश्क से मीठा कुछ भी नहीं” आजुकाल्हु लोकप्रियता के शिखर पर चलत बा. एकर संगीत प्रीतम के दिहल बा.

कल्पना कहेली कि प्रीतम उनका के शाहरुख खान के “बिल्लू बारबर” में “बिल्लू मयंकर” आ अक्षय कुमार के फिल्म “दे दना दन” में “हॉटी नॉटी” गवइले रहले जवन सुपर डुपर हिट भइल रहे. फेर “आइला रे आइला” ओतने हिट भइल. कल्पना के प्रीतम दादा के संगीत के भरपूर प्रशंसा करेली. आजुकाल्हु कल्पना एगो अंतर्राष्ट्रीय अलबम का तइयारी में लागल बाड़ी. साथ ही साथ महुआ टीवी चैनल पर आ रहल “सुर संग्राम‍ २” में कल्पना जज के जिम्मेदारी सम्हरले बाड़ी.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।