भोजपुरी के डिप्लोमा आ सर्टिफिकेट कोर्स

बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय में मौजूदा शैक्षणिक सत्र से भोजपुरी में डिप्लोमा आ सर्टिफिकेट कोर्स के शुरूआत होखे जा रहल बा. एक साल के पीजी डिप्लोमा पूर्णकालिक होखी. दू साल वाला कोर्स पार्ट टाइम में कइल जा सकेला. चार महीना के एगो कम अवधि के भोजपुरी डिप्लोमो वाला कोर्स बा.

जे लोग एह पाठ्यक्रम में दाखिला लिहल चाहत होखें ऊ विश्वविद्यालय के वेबसाइट से पूरा जानकारी ले सकेलें.

दाखिला खातिर आवेदन फार्म वेबसाइटे से डाउनलोड करे के पड़ी ओकरा के कार्यालय से खरीदल ना जा सकी.

आवेदन के आखिरी तारीख दस अक्टूबर २०११ आ दाखिला खातिर काउन्सलिंग पन्द्रह अक्टूबर के कइल जाई.

पूर्णकालिक आ पार्ट टाइम कोर्स में दाखिला खातिर कवनो कोर्स से स्नातक होखल जरूरी बा. चार महीना वाला कम अवधि के कोर्स खातिर इन्टर पास होखल चाहीं. एक साला कोर्स खातिर बारह हजार रुपिया भा पाँच सौ डालर आ दू साल वाला कोर्स में छह हजार रुपिया सालाना भा अढ़ाई सौ डॉलर सालाना फीस जमा करे के पड़ी. कम अवधि वाला कोर्स खातिर फीस बारह सौ रुपिया भा एक सौ डालर राखल गइल बा.

एह फीस का अलावा विश्वविद्यालय के नियमित फीस अलग से देबे के पड़ी. विदेशी विद्यार्थियन के लागे वाला शुल्क के जानकारी विश्वविद्यालय के अंतर्राष्ट्रीय केन्द्र से लिहल जा सकेला.
(चेतावनी : खबर देत घरी सोचनी कि देख ली कि वेबसाइट पर एकरा बारे में जानकारी कवना लिंक पर बा त बहुतो खोजला का बादो ना मिलल. विश्वविद्यालय के विद्वान वेबमास्टर पता ना का सोच के डिजाइन कइले बाड़न कि जानकारी बिटोरे में घंटो लाग जाई आ पता ना भेंटाई कि ना. एह चलते हम ओह नोटिसआवेदन पत्र के एहिजा दे रहल बानी. कवनो तरह के आवेदन करे से पहिले विश्वविद्यालय कार्यालय से संपर्क कर के पूरा पता लगा लीं.)

1 Comment

  1. padam yadav

    hamke bada achha lagal ki bhojpuri siksha k bareme hamke jankari milal.
    Ekara khatir hum aap sab anjoriya team k dhanyabad det bani

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..