भोजपुरी के तीनो महारथी साथ साथ
भोजपुरी फिल्म जगत के एह दशक में अगर सुपर स्टार के बात कइल जाय त तीन गो नाम सबले ऊपर आवेला  रविकिशन, मनोज तिवारी मृदुल, आ  दिनेश लाल यादव निरहुआ के. बाकिर तीनो सुपर स्टार के एक साथ परदे पर आवे के संजोग ना बनत रहे. ईटीवी के बनारस में आयोजित  फिल्म पुरस्कार समारोह २००८  में जब समारोह के मंच से भोजपुरी के प्रसिद्द निर्माता अलोक कुमार एह तीनो सुपर स्टार के एक साथ लेके फिल्म बनावे के  घोषणा कइलन त ताली त भरपूर बाजल बाकिर भोजपुरी सिनेमा से जुड़ल लोग एह बात के कवनो खास तबज्जो ना दिहल. काहे कि एकरा कातिर कई लोग असफल प्रयास कर चुकल रहे.
बाकिर आलोक कुमार अपना लगातार प्रयास आ तीनो के साथ साथ ले आवे का जिद्द से आखिरकार सफलता हासिल करिये लिहलन.  पहिले ऊ गंगा जमुना सरस्वती के  मुहूर्त कइलन आ  पिछले दिने तीनो सुपर स्टार रवि किशन , मनोज तिवारी मृदुल, आ निरहुआ से साथे साथ शूटिंगो करवलन.
भोजपुरी फिल्म जगत के एह एतिहासिक पल के गवाह बनले खुद निर्माता अलोक कुमार , फिल्म के प्रस्तुतकर्ता यशी फिल्म्स के अभय सिन्हा, निर्देशक हैरी फर्नांडिस आ संयोगिता फिल्म्स के सगरी तकनीशियन.
गंगा जमना सरस्वती में तीनो सुपर स्टार्स क अलावा रिंकू घोष, पाखी हेगड़े, मोनिका बत्रा , अनूप अरोरा, अवधेश मिश्र, मुश्ताक खान, शक्ति सिन्हा, धामा वर्मा, दिलीप सिन्हा आ टीनू वर्मा मुख्य भूमिका में बावे लोग. फिल्म के गीतकार प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती, संगीतकार राजेश रजनीश, कैमरामैन अकरम खान, संपादक जीतेन्द्र सिंह जीतू, कार्यकारी निर्माता ब्रजेश विकास हउवें. निर्माता आलोक कुमार बतवलें कि गंगा का भूमिका में मनोज तिवारी, जमुना का भूमिका में रविकिशन, आ सरस्वती का भूमिका में निरहुआ के लिहल गइल बा.
(स्रोत : उदय भगत आ प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।