भोजपुरी के नयकी हीरोईन प्रिया शर्मा

भोजपुरी सिनेमा में जवन चेहरा तेजी से बढ़त आ रहल बा ऊ बावे प्रिया शर्मा के जे आजुकाल्हु नाहियो त दर्जन भर फिलिमन में आपन जलवा बिखेरत बाड़ी. संजोग से इहो हीरोईन गैर भोजपुरिया हई आ पंजाबी कुड़ी होखला का बावजूद जिनकर अबले कई गो भोजपुरी फिल्म प्रदर्शित हो चुकल बा. प्रिया शर्मा के भोजपुरी सिनेमा में शुरुआत भइल “मारे करेजवा में तीर” से आ अबले उनकर विक्रांत के साथे “दुल्हा अलबेला”, पवन सिंह का साथे “पवन पुरवईया”, विनय आनन्द का साथे “किसना कइलस कमाल”, सुदीप पाण्डेय का साथे “हमार ललकार” आ “हम हईं धरम योद्धा” रिलीज हो चुकल बाड़ी सँ. प्रिया के आवे वाली फिलिमन में निर्माता निर्देशक रामाकान्त प्रसाद के “लड़ाई ल अँखिया ए लौंडे राजा” आ “बारूद” का अलावे “प्यार करे ला करेजा चाहीं” आ “हार ना पाई प्यार हमार” शामिल बा. एह सबमें ऊ विराज भट्ट का साथे बाड़ी.

साफगोई से आपन बाति कहे वाली प्रिया शर्मा के कहना बा कि भारतीय परिधान में सजल गाँव के छोरी बनल नीक लागेला बाकिर कहानी के डिमाण्ड पर अपना के “एक्सपोजो” करे में उनका परेशानी ना होई.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..