भोजपुरी के पहिला ससपेंस थ्रिलर रामपुर के लक्ष्मण


भोजपुरी सिनेमा में अब्बास सुल्तान स्टाइल के बनल पहिलका ससपेंस थ्रिलर फिल्म “रामपुर के लक्ष्मण” अगिला शुक २६ जनवरी के देश भर में एके साथ रिलीज होखे जा रहल बा. पूरा देश के साठ गो सिनेमाघर में एकरा के एके दिने रिलीज कइल जा रहल बा. भोजपुरी सिनेमा आजुकाल्हु अपना सुनहुला दौर से गुजर रहल बा आ धीरे धीरे ऊ खेत खलिहान गाँव देहात से उपर उठे लागल बा आ जिनिगी के हर पहलू छूवे लागल बा. “रामपुर के लक्ष्मण” एह बाति के जियत जागत सुबूत बा. फिल्म के टाइटिल रोल सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन कइले बाड़न आ उनुका साथ एगो दूगो ना पूरे पाँच गो अभिनेत्री बाड़ी एह फिल्म में. रविकिशनो के कई गो रुप दर्शक एह फिल्म में देख पइहें जवना में दस गो गाना बा. चंदन सिंह के बनावल एह फिल्म के निर्देशन हैरी फर्नांडीज कइले बाड़न.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..