भोजपुरी के मसाला फिल्म ‘‘मेहरारू बिना रतिया कइसे कटी’’

भोजपुरी देखनिहारन के अगर भोजपुरी सिनेमा में सबले बढ़िया कुछ लागेला त ऊ हवे एह फिलिमन के मसाला. निर्माता अनुज कुमार अपना फिल्म निर्माण कंपनी ए. एस. पिक्चर्स इंटरटेनमेंट के बैनर तले भोजपुरी मसालन से सजावल फिल्म ‘‘मेहरारू बिना रतिया कइसे कटी’’ के निर्माण कइले बाड़न. अनुज के साफ कहना बा कि ई फिलिम एगो खाँटी व्यावसायिक फिलिम ह जवना में दर्शकन के सुपरहिट गीत, संगीत आ मसाला भरल फिल्म देखे के मिली. एकर निर्देशन नवोदित निर्देशक अजय एस. झा का जिम्मे बा.

एह फिल्म में भोजपुरी सिनेमा के उभरते सितारा कुँवर विक्रांत, मोनालिसा, आलोक कुमार, प्रकाश अवस्थी, अंजली, कोमल ढिल्लन, आनंद मोहन, अनुप अरोड़ा, विपीन सिंह, अन्नू सिंह, प्रमोद गोस्वामी अउर हीरालाल यादव के खास भूमिका बा. गीत हवे अरविंद तिवारी के आ संगीत अमन श्लोक के. कार्यकारी निर्माता हउवन महेश उपाध्याय.

फिल्म में विक्रांत, मोनालिसा आ कोमल ढिल्लन पर बहुते हॉट दृश्य फिल्मावल गइल बा. आजुकाल्हु एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम मुंबई में जोर-शोर से चलत बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..