भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिलावे खातिर संसद में सवाल

सोमार का दिने संसद में भोजपुरी आ राजस्थानी भाषा के संविधान का आठवीं सूची में शामिल करावे खातिर ध्यानाकर्षण प्रस्ताव ले आवे के सूचना माननीय सांसद संजय निरुपम, डा॰रघुवंश प्रसाद सिंह, आ जगदम्बिका पाल का तरफ से नोटिस दिहल गइल बा.

एह ध्यानाकर्षण प्रस्ताव में गृह मंत्री से माँग कइल गइल बा कि संविधान का आठवीं सूची में भोजपुरी आ राजस्थानी के शामिल कइला के जरुरत बा. लोकसभा का कार्यसूची में ई नोटिस छठवां नम्बर पर बा.

अखिल भारतीय भोजपुरी समाज के अध्यक्ष प्रभुनाथ राय जी बतावत बानी कि संसद में हर पार्टी के कम से कम पचास गो सांसद एह नोटीस के समर्थन करीहें आ संसद में एह पर चर्चा होखे के पूरा उमेद बा. एह मामिला में सांसद दलगत राजनीति से उपर उठ के भोजपुरी के आपन समर्थन दीहें आ उमेद बा कि साल दू साल में भोजपुरी के ई मान्यता मिल जाई.

1 Comment



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।