भोजपुरी के सबले बड़हन सम्मान से सम्मानित भइनी अशोक द्विवेदी

पिछला दिने 23-24 फरवरी 2019 के वाराणसी में भइल विश्व भोजपुरी सम्मेलन के कार्यक्रम में भोजपुरी के वरिष्ठ कवि-कथाकार डा०अशोक द्विवेदी के, भोजपुरी में उनका खास आ लमहर योगदान दिहला बदे, भोजपुरी के सबले बड़का सम्मान , “सेतु-सम्मान ” से सम्मानित कइल गइल.

जाने जोग बा कि डा. अशोक द्विवेदी, बरीस 1979 से लगातार निकलत, भोजपुरी दिशाबोध की पत्रिका “पाती” के सम्पादक हईं. द्विवेदी जी के नाहियो तो दर्जन भर से अधिका किताब अंजोर हो चुकल बाड़ी सँ. एहमें हालही में प्रकाशित उपन्यास वनचरी त भोजपुरी साहित्य के अनमोल हीरा मानल जाले.

“पाती-रचना-मंच” से जुड़ल लेखक-साहित्यकार लोग भोजपुरी ला समर्पित आ लगातार
संघर्षशील साहित्यसेवी डा०अशोक द्विवेदी के “सेतु-सम्मान” से सम्मानित कइला पर खुशी जाहिर कइले बाड़ें.

एह बारे में डा०अशोक द्विवेदी जी कहनी कि ई सम्मान “पाती-परिवार” अउर ओकरा से जुड़ल निष्ठावान लोगन के सम्मान ह आ हम एह सम्मान के सादर अपना “पाती-रचना-मंच” के सँउपत बानी.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।