भोजपुरी के सांस्कृतिक आयोजन

लोकरंजन आ सांस्कृतिक गीत-गवनई के बढ़ावा देबे खातिर पाती कला मंच आ भोजपुरी दिशाबोध के पत्रिका पाती का ओर से नयी दिल्ली के दीनदयाल मार्ग, आईटीओ, पर स्थित राजेन्द्र भवन ऑडिटोरियम में शनिचर 15 सितम्बर का दिने साँझ पाँच बजे से साढ़े आठ बजे ले एगो सांस्कृतिक आयोजन राखल गइल बा.
एह कार्यक्रम में रउरा सभे के नेह नेवता दीहल जा रहल बा. आईं आ भोजपुरी के सांस्कृतिक सम्पदा के बढ़ावे में आपन सहजोग दीं. फूहड़ गीत गवनई के आलोचना कइला से अधिका जरुरी बावे कि बढ़िया गीत गवनई के बढ़ावल जाव. ओकरा में लागल लोग के उत्साह बढ़ावल जाव.

एह आयोजन में विश्व भोजपुरी सम्मेलन, पूर्वांचल एकता मंच, वीर कुँवर सिंह फाउन्डेशन, पूर्वांचल भोजपुरी महासभा, अउर हर्फ-मीडिया के सहभागिता बा.

बलिया के ओमप्रकाश आ आजमगढ़ के नैनू शुक्ल एह कार्यक्रम में अपना गवनई से रउरा सभे के भाव विभोर क दीहें, अइसन पूरा भरोसा बा. बस रउऱा आशीर्वाद के जरुरत बा.
आईं आ सपरिवार आईं.

  • पाती कला मंच

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *