भोजपुरी क पहिलका फैन्टैसी फिल्म ‘नन्दू निकम्मा’

अनिता देवी, जी.जी.एम. पिक्चर्स अउर जी.जे. फिल्मस् इंटरनेशनल प्रस्तुति आ आर.जी. प्रोडक्शन के बैनर तले बनल भोजपुरी के पहिलका फैन्टैसी फिल्म ‘नन्दू निकम्मा’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.

एह कहानी में एगो मछुआरा परिवार के एकलौता बेटा नन्दू बा जे एकदमे निकम्मा बा. संजोग से गाँव के मास्टर के बेटी राधा ओकरा से प्यार करे लागत बिया बाकिर ओकरा बुझात नइखे कि ऊ एह निकम्मा से काहे प्यार कर बइठल. एक दिन दुनु के बाप एह ‘प्यार’ के रंगे हाथ पकड़ लेत बाड़ें. एकरा बाद राधा के ओकरा चाचा किहाँ आगे के पढ़ाई ला भेज दिहल जाता. दोसरा तरफ नन्दू के बाप ओकरा से आजीज आके घर से निकाल देता. भूखे भटकत नन्दू के भेंट यमराज से होखत बा आ एगो अजीबोगरीब वरदान पाके नन्दू शहर के मशहूर डॉक्टर बन जा ता. राधा शहर में रिपोर्टर बन के आवत बाड़ी. ओह चैनल के मालिक मुकुन्दराय राधा के डॉ॰ नन्दकिशोर के इन्टरव्यू लेबे भेजत बाड़ें. अब एहिजा दुनु के प्यार मिल जात बा. ओने मुकुन्दराय चैनल के एगो दोसरा रिपोर्टर सलोनी से प्यार के खेल चले लागत बा. एने मिलल वरदान वापस ले लिहल जात बा आ डॉ॰ नन्दकिशोर फेर उहे नन्दूआ बन जाता. ओकर कम्पाउन्डरे ओकर सगरी दौलत ले के भाग जात बा. राधा आ नन्द किशोर के रिश्ता टूट जाता. मुकुन्द राय फेर राधा के सहायता करे लागत बाड़ें जवना से सलोनी राधा से जरे लागत बिया. फेर का होत बा ई सब जाने खातिर त फिलिम देखे के पड़ी.

निर्माता प्रकाश रंजन राकेश गुप्ता, कथा-पटकथा आ निर्देशक ब्रज भूषण, सह निर्माता बी0 प्रसाद बाड़ें. मुख्य कलाकारन में तुलो बिरेन्द्र, प्रतिभा पाण्डेय, राकेश गुप्ता, रितिका सिंह, उत्तम झा, अरूण सिंह, सुबन्ती बनर्जी, रूपा सिंह, पिंकू श्रीवास्तव, अरूणा सिंह, डॉल्फिन दूबे वगैरह के नाम शामिल बा.


(रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।