भोजपुरी खातिर अलग सेंसर बोर्ड के मांग कइलन मनोज तिवारी

manoj-tiwariभोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी भोजपुरी गीतन में लगातार फइलत अश्लीलता पर नाराज़गी जतावत एह पर रोक लगावे खातिर अलग सेंसर बोर्ड के मांग कइले बाड़न. विक्रमशीला महोत्सव का मौका पर मीडिया से बतियावत मनोज तिवारी अश्लील आ फूहड़ गीतन पर रोक लगावे के मांग करत कहलन कि अलग सेंसर बोर्ड बना के अइसन हरकत करे वालन के सजा देबे के प्रावधान होखे के चाहीं.

संगही ऊ भाषा में अश्लीलता के बात नकारत कहलन कि कवनो भाषा अश्लील ना होले हँ कुछ शब्द अश्लील जरूर हो सकेला. बिहार के लोग में कला खातिर लगाव सराहत मनोज तिवारी कहलन कि एहिजा के लोग देश के हर हिस्सा के अलावा मॉरिशस, सूरीनाम, फिजी वगैरह देशो में अपना संगीत कला के सफल प्रस्तुति करके आपन अलगे पहचान बनवले बाड़न. दुनिया में लोक संगीत के खास महत्व होला. एकर कलाकार आ सुनवइया एक दोसरा के पूरा करेलें. भोजपुरी गायक कहलन कि हर दौर में नया आ पुरान कलाकार होलें जे कम भा बेसी दिन चलेलें.


(शशिकांत सिहं)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।